Photo by Shreshth Gupta on Unsplash
खेत में माटी, जंगल काठी, सोना के बा खान,
खेत बा हरियर, गाई- गरु बा, बा माटी के मकान,
बेटा हमार सेना मे बा, सीमा पर सीना तान,
हमार देशवा हउवे हिंदुस्तान!
लेह, लद्दाख बरफ पर डटल बाड़न सेना के जवान,
फहरअता अब खूब तिरंगा जौन हअ हमार शान,
बढ़ल ताकत देखके, दुश्मन भइलें अब परशान,
हमार देशवा हउवे हिंदुस्तान!
धरती हमार हीरा उगले, कोईला के बा खान,
वीर शिवाजी, महाराणा, वीर कुंवर सिंह, मंगल पाण्डेय के कईसे करिं बखान,
बलिदान शहिदन के ताकत से बाँचल भारत मईया के जान,
हमार देशवा हउवे हिंदुस्तान!
सगरो दुनिया घूम आवअ जा आपन देशवा मे बा प्राण,
एहिजा मन्दिर मे होखेला रामायण ग्रंथ गुणगान,
राम, किशुन के देश हअ भइवा, मिली गीता के ज्ञान,
हमार देशवा हउवे हिंदुस्तान!!
इंटा- पत्थर मे बसेन्ले शिव शम्भू भगवान्,
मईया हमरे गंगा, यमुना बाड़ी सरस्वती महान,
गऊ माता हई, देवी मईया, उहे जीवन दान,
हमार देशवा हउवे हिंदुस्तान!
करिया कोयल, हरियर सुगा, हअ मोरवा के जहान,
दुर्गा मईया शेर सवारी इहे हिंदुस्तान,
बुद्ध ,गाँधी ,सुभाष,भरत,अशोक से के होखी अंजान,
हमार देशवा हउवे हिंदुस्तान!